Bhatar Milal Kariya

Sankar Bihari

लडका- ऐ जान कइसन खोजलू बलम
ओकरा से निमन रहनी हम हो -2
काहे तु डुबा दिहलू पापा के पगरीया -2
लडकी- हमार भतार ह नोकरीया हो भले मिलल बा करिया
करे ला प्यार मोर सवरिया हो भले मिलल बा करिया

लडका- कवन गुन ओकरा पईलू ऐ गोरी ध लेलू हाथ हमरा के छोडी
रहला तू लफूआ करत रहला तू चोरी
ऐही से खोज लिहली अपन जोडी
लडका- बावे तोहरा बुढवा दुल्हा जात बा उमरिया -2
लड़की - हमार भतार ह नोकरीया हो भले मिलल बा करिया
करे ला प्यार मोर सवरिया हो भले मिलल बा करिया
हमार बलम ह नोकरीया हो भले मिलल बा करिया

लागता भईल बावे पागल तोहार मति
बानर के गजईसन बावे तोहार पति
लड़की - सुना ऐ नवनीत कर जनि अति
देवता तइसन बावे हमार पति
लडका- ओकरा से निमन बावे श्ंाकर बिहरिया -2
लडकी- हमार भतार ह नोकरीया हो भले मिलल बा करिया
करे ला प्यार मोर सवरिया हो भले मिलल बा करिया

Wissenswertes über das Lied Bhatar Milal Kariya von Shilpi Raj

Wer hat das Lied “Bhatar Milal Kariya” von Shilpi Raj komponiert?
Das Lied “Bhatar Milal Kariya” von Shilpi Raj wurde von Sankar Bihari komponiert.

Beliebteste Lieder von Shilpi Raj

Andere Künstler von Dance music